news.terai@gmail.com

९८५१२३२८१४

Birgunj-8, Parsa, Nepal

Pin It

 

परमशिला बनिया
मर्चवार ,रुपन्देही (५ न. प्रदेश ) बैशाख ३ - अनलाइन भिडियो भोजपुरी दर्शन कवि सम्मेलन व मुशायरा-४
क सफल आयोजन 14अप्रैल 2020 मङ्गलवार सान्झ 5:00-6:30 बजे बडे उत्साह के साथ सम्पन्न भइल बा।


वह मे प्रमुख अतिथि काठमाडौं से भोजपुरी प्रज्ञा प्रतिष्ठान अध्यक्ष आनन्द गुप्ता , बिशिस्ट अतिथि भारत झारखन्ड से जमसेदपुर से अङ्ना सम्पादक डा. सन्ध्या सिन्हा, नया दिल्ली से सर्व भाषा ट्रस्ट के उपाध्यक्ष इन्दु मिश्र किरण आ दिल्ली से ही भोजपुरी आचार्य निर्भय नीर मुशयरा मे सहभागी भैले। आइसनही ,बारा कलाइया से गजलकार रामप्रसाद साह आ जङगबहादुर यादव , परासी पश्चिम से अनिल कुर्मी आ मर्चवार से शिवनन्दन जयसवाल अपन कविता शायरी गजल सुनाके भावविभोरित कइली।
सम्मेलन के आयोजन व सन्चलान जयसवाल कइले रहली।
सम्मेलन सफल रहल बात सभे बतवली। नेपाल सरकार से लगावल गइल लकडाउन क पुरा पालन करत कवि लोग साहित्यक कार्यक्रम क निरंतरता दे रहल बाटे ।

नवा साल २०७७ क शुभकामना भि लोग आदानप्रदान कइलें ।
इही बीच नेपाल भारत में संयुक्त रुप से भोजपुरी साहित्यक गतिविधि बहुत तेजी से ऐक्यबद्धता के साथ आगे बढ रहल बात कवि किरण बतवलीं।
लकडाउन के समय अनलाइन विडियो से भोजपुरी मुशायरा से बेहत खुशी बोध करत बारा के गजलकार राम प्रसाद साह बिरहा गावत बतइलीं कि भोजपुरी मे° अबहिनो सरकारी कामकारबाही न होत बा ।

प्रज्ञा अध्यक्ष आनन्द गुप्ता मुक्तक से सहभागीन के ताली बटोरत कहलीं कि भोजपुरी के जनसंख्या नेपाल में तनिका कम देखावल बा यहनाते अबकी जनगणना में हुशियारी से मातृभाषा भोजपुरी लिखवावे के परी।
डा. सिन्हा गजल से प्रेम बिखेरत बातवलीं कि सम्मेलन क अन्तर्राष्ट्रिय मन्च भोजपुरी खातिर महत्त्वपूर्ण उपलब्धि ह ।कवि नीर मातृभाषा के मोह लोगन के रग रग मे संचार करवली।
अनलाइन भिडियो भोजपुरी दर्शन कवि सम्मेलन व मुशायरा-४ मे सहभागीन के प्रति कृपा आभार व्यक्त करत संचालक शिवनन्दन जयसवाल अपन अमूल्य सुझाव देके सम्मेलन के आउर भव्य बनावे के कहली ।
सम्मेलन मर्चवारी ७, रुपन्देही , ५ नं. प्रदेश, नेपाल से संचालित हो रहल ब । भोजपुरी दर्शन त्रैमासिक पत्रीका के सम्पादक जयसवाल नेपाल भोजपुरी साहित्य के उत्थान के लेके कृयाशील बाटी ।

Pin It

 

Contact Information

प्रकाश र सम्पादक :
सुरेश कुमार बादल - ( ९८५१२३२८१४ )


सह - सम्पादक : 
राम नरेश प्र. चौरसिया - ( पर्सा बिरगंज ९८१२२९३७४४)

राम कुमार पाण्डे 

फोटो सिद्धार्थ कुमार बादल 


कानुनि सलाहकार :
अमय कुमार दाश (अधिबक्ता ) 

 Email:- news.terai@gmail.com
Office :- Birganj - 8, Parsa (Nepal)

जि प्र का पर्सा द्न २२०/०६५

Visitors Counter

1506228
Today
Yesterday
This Week
Last Week
This Month
All days
671
1607
5101
1494645
6583
1506228

Your IP: 18.216.78.190
2025-05-10 11:14

Facebook Live Feed