news.terai@gmail.com

९८५१२३२८१४

Birgunj-8, Parsa, Nepal

Pin It

परमशिला बनिया

बैशाख २ -मर्चवार ,रुपन्देही (५ न. प्रदेश ) अनलाइन भिडियो भोजपुरी दर्शन कवि सम्मेलन व मुशायरा-३
क सफल आयोजन 13अप्रैल2020 सोमवार सान्झ 5:00-6:30 बजे बडे उत्साह के साथ सम्पन्न भइल बा।


वह मे प्रमुख अतिथि काठमाडौं से भाषाबिद गोपाल ठाकुर , भोजपुरी प्रज्ञा प्रतिष्ठान अध्यक्ष आनन्द गुप्ता , भारत झारखन्ड से भोजपुरी जागरण अभियान संयोजक राजेश भोजपुृरिया , भैरहवा से बिनोद कुमार बरई ,बारा से गजलकार रामप्रसाद साह, कपिलवस्तु से जितेन्द्र कोहार, परासी पश्चिम से अनिल कुर्मी आ मर्चवार से शिवनन्दन जयसवाल अपन कविता शायरी गजल सुनाके भावविभोरित कइली।
सम्मेलन के आयोजन व सन्चलान जयसवाल कइले रहली।
सम्मेलन सफल रहल बात सभे बतवली। नेपाल सरकार से लगावल गइल लकडाउन क पुरा पालन करत कवि लोग साहित्यक कार्यक्रम क निरंतरता दे रहल बाटे ।

नवा साल २०७७ क शुभकामना भि लोग आदानप्रदान कइलें ।
इही बीच नेपाल भारत में संयुक्त रुप से भोजपुरी सशक्तीकरण महा अभियान बहुत तेजी से ऐक्यबद्धता के साथ आगे बढ रहल बात भारतीय भोजपुरी अभियान कर्ता राजेश भोजपुरेिया बतवलीं।
लकडाउन के समय अनलाइन विडियो से भोजपुरी मुशायरा से बेहत खुशी बोध करत बारा के गजलकार राम प्रसाद साह बतइलीं कि भोजपुरी के परचम अब लहराके ही रही।
भाषाबिद गोपाल ठाकुर मधेसी एकता क गाना सुनावत सनेस दिहलीं कि नेपाल में पश्चिमी आ पुरबी विभेद के हटवले में नारायणी पश्चिम एक तारा उगल बाटे जेकरे नाम शिवनन्दन जयसवाल बा ।
प्रज्ञा अध्यक्ष आनन्द गुप्ता मुक्तक से सहभागीन के ताली बटोरत कहलीं कि भोजपुरी के जनसंख्या नेपाल में तनिका कम देखावल बा यहनाते अबकी जनगणना में हुशियारी से मातृभाषा भोजपुरी लिखवावे के परी।

Pin It

 

Contact Information

प्रकाश र सम्पादक :
सुरेश कुमार बादल - ( ९८५१२३२८१४ )


सह - सम्पादक : 
राम नरेश प्र. चौरसिया - ( पर्सा बिरगंज ९८१२२९३७४४)

राम कुमार पाण्डे 

फोटो सिद्धार्थ कुमार बादल 


कानुनि सलाहकार :
अमय कुमार दाश (अधिबक्ता ) 

 Email:- news.terai@gmail.com
Office :- Birganj - 8, Parsa (Nepal)

जि प्र का पर्सा द्न २२०/०६५

Visitors Counter

1514258
Today
Yesterday
This Week
Last Week
This Month
All days
412
573
3624
1501303
14613
1514258

Your IP: 216.73.216.194
2025-05-25 16:41

Facebook Live Feed